तेजस्वी यादव के बेरोजगारी यात्रा के सफल बनावे में अपन एडीचोटी लगा रहल बाढ़े राजद नेता
मोतिहारी। पूर्वी चम्पारणः नेता प्रतिपक्ष आ पूर्व उपमुख्यमंत्री तेजस्वी यादव के तरफ से बेरोजगारी हटाओ यात्रा के आह्वान कईल गईल बा, जवना में नवयुवक वोटर के अपना ओरी आकर्षित करे खातिर कईल गईल बा, इ बस यात्रा बिहार के मय जिलन में जाई, एही क्रम में ई यात्रा एक मार्च के मोतिहारी पहुंच के भावी मुख्यमंत्री तेजस्वी प्रसाद यादव सभा के सम्बोधित करिहें अपन नेता के आगमन से मोतिहारी के राजद नेता आ कार्यकर्ता लो में काफी उत्साह बा उहवें राजद नेता लो दिन रात एक कईले बा यात्रा के सफल बनावे में, एही बीच राजद के वरीय नेता शंभू प्रसाद गुप्ता तरफ से लगातार मोतिहारी विधानसभा क्षेत्र के अलग अलग जगह जईसे टिकुलिया ठेकाहां, गोड़वा, लखौरा, पडपडिया, सृर्यपुर, जीवधारा में लोग के बेरोजगारी यात्रा में शामिल होखे खातिर अपील करतारे,
आजु उनका साथे तबरेज आलम, मो. मुस्तफा, रंजीत कुमार, सुरेंद्र, जितेंद्र के अलावा सैकड़ो लोग शामिल रहलें।
What's Your Reaction?






