महिला लोग के उचित सम्मान के साथे समुचित भागीदारी सुनिश्चित करे के जरूरत बा : मोतिहारी जिलाधिकारी

Mar 30, 2025 - 16:57
 0  0


मोतिहारी। पूर्वी चंपारण के जिलाधिकारी शीर्षत कपिल अशोक  आजु रविवार के अपना प्रशासनिक टीम आ खिलाड़ियन के साथे अंतर्राष्ट्रीय महिला दिवस प गांधी मैदान आ समाहरणालय परिसर में मैराथन दौड़ लगईलें हा। इ दौरान उ कहलें कि महिला लोग के उचित सम्मान के साथे समुचित भागीदारी सुनिश्चित करे के जरूरत बा। हम महिला लोग के आधी आबादी कहेनी जा, तअ उ पूर्ण बराबरी के हिस्सेदारी आ सम्मान जरूर मिले के चाही। आजु महिला देश के सर्वोच्च बड़हन-बड़हन पद प आसीन बाड़ी, आजु भी समाज के कुछ जाहिल गवार लोग महिला के दूसर नजर से देखलें, इ नजर के बदले के जरूरत बा।

दौड़ के दौरान उप विकास आयुक्त अखिलेश्वर प्रसाद सिंह, एडीएम शशिरंजन, एसडीएम प्रियरंजन राजू साथे कईअन अधिकारी आ खेल प्रेमी लोग मौजूद रहलें।

What's Your Reaction?

Like Like 0
Dislike Dislike 0
Love Love 0
Funny Funny 0
Angry Angry 0
Sad Sad 0
Wow Wow 0