बिहार बनल आजु सड़क हादसा के राज्य, दुपहर तकले सड़क हादसा में 19 लोगन के मौत, मरे वाला 11 गो लोग होली मनावे जात रहलें अपना गांवे

Mar 30, 2025 - 16:57
 0  2

बिहार बनल आजु सड़क हादसा के राज्य, दुपहर तकले सड़क हादसा में 19 लोगन के मौत, मरे वाला 11 गो लोग होली मनावे जात रहलें अपना गांवे
 
  
बिहार: आजु बिहार के कईगो जिलन में सड़क हादसा भयेल, इ हादसा में लगभग 19 लोगन के मौत हो गईल, जवना में मुजफ्फरपुर हादसा में 12 गो लोग होली के लेके घर आवत रहलें, बाकी घरे पहुंचे से पहिले ही इनकर दर्दनाक मौत हो गईल, गांव में मातम फईलल बा, उहवें परिजनन के रो-रोके बुरा हाल बा, इ हादसा में घायल 1 गो लोग के अस्पताल में भर्ती करावल गयेल बा,

मुजफ्फरपुर में 12 गो के मौत

मुजफ्फरपुर के कांटी में स्कॉर्पियो आ ट्रैक्टर के टक्कर में 12 गो लोग के मौत हो गईल बा, मरे वाला 11 गो लोग यूपी के बस्ती से स्कॉर्पियो से अपना गांवे आवत रहलन, बाकी घर पहुचे से पहिले ही उनकर मौत हो गईल, मरे वाला हथौड़ी आ मीनापुर के रहे वालन रहस, प्रशासन मृतकन के परिवारन के 1-1 लाख रुपया मुआवजा के एलान कर दिहले बा, हादसा एतना भीषण रहे कि  ट्रैक्टर ड्राइवर के भी मौत हो गईल,

भागलपुर में 2 पुलिसकर्मी समेत 1 गो लोगन के मौत

भागलपुर के सबौर थाना इलाका के ग्लोकल हॉस्पिटल के पास दर्दनाक सड़क हादसा में 2 पुलिसकर्मी समेत 1 गो के लोग के मौत हो गईल, उहवें इ हादसा में कईअन लोग गंभीर रुप से घायल हो गयेल. मय घायलन के इलाज खातिर अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा,

पटना में भी 2 गो आ नालंदा में 1 जना के मौत

पटना के दानापुर के गाभतल में तेज रफ्तार ट्रक स्कूटी सवार दु गो लोग के रौंद दिहलस, जलना से मौका प ही दुनो जना के मौत हो गईल, घटना के बाद ट्रक ड्राइवर फरार हो गईल, इ हादसा के बाद स्थानीय लोग रोड जाम कके जमके हंगामा कइले, नालंदा जिला भी में सड़क हादसा में एक गो युवक के मौत हो गईल।

What's Your Reaction?

Like Like 0
Dislike Dislike 0
Love Love 0
Funny Funny 0
Angry Angry 0
Sad Sad 0
Wow Wow 0