कोरोना से बचाव खातिर पूर्व लोक सभा प्रत्याशी अनिकेत रंजन बंटलें निःशुक्ल मास्क
मोतिहारी। पूर्वी चम्पारणः कोरोना वायरस भाये अउरो बीमारीयन के इन्फेक्शन से बचाव खातिर बिहार नवयुवक सेना के तरफ से संस्थापक अध्यक्ष अनिकेत रंजन के नेतृत्व में आजू शहर के कईअन चौक चौराहा आ चाय के दोकानन पर आ सार्वजनिक जगहन प आजू निशुल्क मास्क के वितरण कईल गईल हा।
उहवें मय लोगन के सही जानकारी बतावल आ जागरूक भी कईल गईल हा साथ ही अनिकेत रंजन मय लोगन के बतावते कहले ह कि कोरोना वायरस से डरे के जरूरत नईखी, बस अपना आस पास साफ सफाई रखल करीं, कवनो भी भीड़ भाड़ वालन इलाकन में जाई भाये अस्पताल में जाई या सार्वजनिक जगह पर जाई त मास्क पहन के जाई, उहवें डॉ मुन्ना सिंह कहलें कि विशेष रूप से एकरा से डरे के जरूरत नईखे जागरूक भईला के जरूरत बा, उहवें राहुल कुमार, मन्नू जी भी कहले कि सावधान रहे के जरूरत बा, अपन ख्याल रखी अपना बाल बच्चन के ख्याल रखीं सुरक्षित रहीं।
मौका प अनिकेत रंजन, डॉ मुन्ना सिंह, सूरज सिंह, राहुल कुमार, मन्नू जी, धनंजय कुमार, जाफर शरीफ, मंगल सिंह, किशन कुमार, झुनू सिंह, बृजेश पांडेय, कृष्णा कुमार, सागर कुमार आदि के साथ दर्जनों स्थानीय लोग एवं जिले वाशी उपस्थित थे ।